भुला गइल मनवा जान के -

भुला गइल मनवा जान के।


मत-गरभ में भगती कबूलल, 
इहाँ सुतल बाड़ तान के।

एही कायागढ़ में पाँच गो सुहागिन, 
पाँचों सुतल बा एको नाहिं जाग के।

क्हे भगती दास कर जोरी,
एक दिन जमुआ लेइ जाई बान्ह के।

-------------------------
भगतीदास
अंक - 41 (18 अगस्त 2015)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.