होलिआइल मनवा - केशव मोहन पाण्डेय

आज सब केहू 
तनी अगराइल बा।
असों फेरु से
मनवा होलिआइल बा॥

नैना नचाई धनि
नखरा देखावे
दूरवे से छाव करें,
लगवा ना आवें
साँस हमरो
उनहीं में अझुराइल बा॥

हिया में हुलास नाहीं
नेहिया के पानी
पटरी पर रेल के
चलत जिंदगानी
जे के जहाँ देख
ऊँहवे तँवाइल बा॥

बहि गइल फगुआ
उड़ल बा धूरा
सबके मनवा के
आस होखे पूरा
बेअरिया काहें दू
आज के गन्हाइल बा॥

गिरगिट के लखा
रंग बदले मानव
गोर-गोर सूरत बा
मनवा से दानव
अपने चेहरे से
चेहरा डेराइल बा॥

तन रंगीन भले
मन रहे साफ़ हो
माफ़ी मिली तहरो के
तुहुँ कर माफ़ हो
सोता खोल जवन
'अहम' से दबाइल बा॥
--------------------------------------
अंक - 82 (31 मई 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.