जेकर जड़ ऊपर अकाश में - स्वामी विमलानन्द सरस्वती

जेकर जड़ ऊपर आकाश में
डाढ़ि पुलुंगिया फइलल नीचे,
वेद विदित पत्ता अनमोल,
सघन सुखद छाया में जेकरा
कायम बा भूगोल खगोल।
ओही ज्ञान-बिरिछा का नीचे,
बोधि ज्ञान के जोति मिलल।

जेकर मनवाँ बुड़की मरलस,
गइल छीर सागर का भीतर-
पियलसि ऊ अमरित क घरिया
ओकरे रतन भेंटाइल।

आखिर पिपरे बोध करवलस
गउतम जी के डहरि भेंटाइल,
भइल अंजोर हिया मंदिरवा
लउकि गइल गहगह फुलवारी।

सुरसति के दरवार बिचितर
ओइसन चट लिखवइया,
सुघर कलमिया कलप बिरिछ के
सातो सागर बनल दोआत,
धरती अइसन कागज लमहर
तबहूँ ना उजिआइल
बोधि बिरिछ के कथा लिखे में
उनको हाथ दुखाइल।
आखिर कलम धराइल।

बउध देव भगवान,
उनकर कथा अपार
के कर सके वखान ?
कवि का करे कगदही भइया
ओकर कहाँ खेमाटा ?
बसी बनल आदत का अपना
गोदना गोद रहल बा।
-------------------------

लेखक परिचय:-

नाम: स्वामी विमलानन्द सरस्वती
जन्म: 14 जनवरी 1921
जन्म स्थान: मँगराँव, बक्सर, बिहार
रचना: बउधायन, बउछलीला और जिनगी के टेढ़ मेढ़ राह
अंक - 78 (03 मई 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.