आसिफ रोहतासवी जी भोजपुरी काव्य कऽ एगो बरियार नाँव हवीं। इहाँ के भोजपुरी अउरी हिन्दी दूनू भाखा में बहुते लिखले बानी बाकिर इहाँ क पहचान भोजपुरी गजलकार कऽ रुप में ढेर बा। उहाँ क भोजपुरी गजल क संग्रह 'आसमान बाकी बा' जिनगी कऽ गीत गावत बिया। अपनी गजलन के हाथे-गोड़े आसिफ जी जिनगी कऽ हर रंग कऽ कहानी कहे के कोसिस कइले बानी अउरी बड़ी सुघराई से आपन बात कहि गइल बानी। ए संग्रह में कुल्ह एकसठ गो गजल बाडी स जेवन सन 2007 अउरी 2008 के बीच लिखाइल बाड़ी स।
लेखक: श्री आसिफ रोहतासवी भा इंद्र नारायण सिंह
प्रकासक: जमशेदपुर भोजपुरी साहित्य परिषद्
पता: हो नं - 102, जोन नं- 11 बिरसानगर,
जमशेदपुर, झारखण्ड - 831019
संपर्क सूत्र: 9031719481
संपर्क सूत्र: 9031719481
------------------------------------------------
अंक - 42 (25 अगस्त 2015)
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें