सालन से भोजपुरिया लोग भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में सामिल करे कऽ माँग कर रहन बाड़े लेकिन सरकार आपन मूँह नइखे खोलत। ए बेरा भोजपुरी के ले के लोगन के मन तरह-तरह के भाव आवत-जात बा अउरी शफियाबादी जी कऽ ई गजल ए बेरा एकदम ठीक जान पर रहल बे।
--------------------------------------------
लड़ाई हक के बा अपना, जतावल भी जरूरी बा ।बतावल भी जरूरी बा, बुझावल भी जरूरी बा ।।
कबो ई साँप बहिरा ना सुनी कवनो मधुर भाषा ।
कड़क छिंउकी आ पैना से जगावल भी जरूरी बा ।।
खड़ा तुफान में होके बचावे के पड़ी टोपी ।
घड़ी भर माथ के अपना झुकावल भी जरूरी बा ।।
सही अक्षर के खातिर मश्क करहीं के पड़ी बाबू ।
बनावल भी जरूरी बा, मिटावल भी जरूरी बा ।।
बतावल बा इहे दर्शन से दर्शन जिन्दगानी के ।
उगावे खातिर अपना के, डूबावल भी जरूरी बा ।।
कबो जौहर ना देखस कोरा सपना दिन में कवनो ।
एही से आज उनका के घटावल भी जरूरी बा।।
--------------------डॅा० जौहर शफियाबादी
------------------------------------------------------------------------------
<<<पिछिला अगिला>>>
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें