पहचान - जलज कुमार अनुपम

हाथ में लाठी कान्ह पs गमछा
बनल बाटे जेकर शान
डंका सगरो जग में बाजे
जान रहल बा हिन्दुस्तान
हमनी हईं उहे पुरुबिया
भोजपुरी आपन पहचान

गोरखनाथ, कबीर , कुवर सिंह
राजेन्दर , जेपी के गान
आन पर आवे सीना ताने
मंगल बचवले स्वाभिमान
हमनी हईं उहे पुरुबिया
भोजपुरी आपन पहचान

बिरहा कजरी फगुआ चइता
ध्रुपद करत बाटे बखान
महेंदर भिखारी धरिक्षन में
बसल बा हमनीं के मान
हमनी हईं उहे पुरुबिया
भोजपुरी आपन पहचान

रामायन से महाभारत ले
सब में बा हमनीं के शान
बीजक के दोहा में लउके
बढ़ल गुरुबानी में सम्मान
हमनी हईं उहे पुरुबिया
भोजपुरी आपन पहचान
-------------------------------------

लेखक परिचय:-

नाम- जलज कुमार अनुपम
दिल्ली
ई-मेल:- merichaupal@gmail.com


 


अंक - 97 (13 सितम्बर 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.