अब गैरियत के बात का मन हो गइल तमाम - कुलदीप नारायण 'झड़प'

अब गैरियत के बात का मन हो गइल तमाम
तोहरे में हम समाइल, हमिता के अब न नाम।

दउराइ रहल मनवाँ हमके कहाँ-कहाँ
जब गिर गइल बा हमरा हाथन से खुद लगाम

झगड़ा ई तबे ले रहल जब ले कि जिन्दगी
अब त चले के बेर भइल सबके राम-राम

पानी का बुलबुला के कतना बसात बा
पनिये के नकारेला पल भर के छूम-छूाम

गाड़ी रुकी कहाँ कही के एह हाल में
ठहरे-ठहर जे राह में लागल बा खूब जाम
----------------------------------------

लेखक परिचय:-

नाम: कुलदीप नारायण 'झड़प'
जनम: 5 अगस्त 1911
जनम थान: लिलकर, बलिया, उत्तरप्रदेश
परमुख रचना: दीपदान, अरघ, वात क बात आदि
अंक - 83 (7 जून 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.