देवर-भाभी संवाद - देवेन्द्र आर्य


सुरुज के डुबले

किरिनिया के सुतले,
भउजी न छोडि़हा दुआर हो
खेते-खलिहाने तू अकेले जिनि जइहा
ढुकल होइहें हुड़ार हो

दाग लगि जाई जे इज्जतिया पर तोहरे
झुकी गरदनिया हमार हो
नीक बाउर, रुख-सूख जउने हम कमाइब
ओतने में चली घर-बार हो

हुड़रा के डर
डर ओसे कहीं जादे
जिनगी हो जाई अखबार हो
हमरे मड़इया के भउजी तू लक्ष्मी
कारिहा इ बतिया बिचार हो।

कबले न जाईं बाबू खेते-खलिहनवा
कबले न करब बजार हो
नाहीं हम रानी नाहीं हम पटरानी
मिलि जइहें व्यंजन हजार हो

इहां नाहीं, उहां नाहीं
नाहीं नाहीं करके कइसे चली इ संसार हो
एतना डेरइबा जे इज्जतिया के बाबू
घरवा में लोटिहें सियार हो

कबले रखइबा बाबू कबले बचइबा
हुड़रा से इज़्ज़्ात हमार हो
बिना तेल-बाती के न हईं हम लक्ष्मी
पइसा बिना सब अंधियार हो

आपन कमाई खाइल नगद ए बाबू
आन के खाइल उधार हो
हाथ-गोड़़ आछत हमार होई जाई
सोना अस जिनगी बेकार हो

हमके न नीबर समझिहा ए बाबू
हम हईं बिजुरी के तार हो
हम नाहीं पढ़ल-लिखल बबुआइन
सहलेब जुलुम के मार हो

पेरब आपन जंगरा
कमाइब आपन रोटिया
हमके अजदिया से प्यार हो

खूब हम चीन्हीला हुड़ार के सकलिया
ओकरा से हईं हुसियार हो
हुड़रा के देहिंया से मनई के खुशबू
अखिया से टपकेला लार हो

मोछी में हुड़ार कहूँ 
बरदी में हुड़ार कहूँ
कहंवो बा टोपी में हुड़ार हो
जहाँ-जहाँ रुपिया के झाड़-झनखाड़ उगे
तहाँ-तहाँ मिलिहें हुड़ार हो

जबले झुकइबा बाबू आपन गरदनियाँ
हुड़रा के होई भरमार हो
नाहीं हम अकेला हईं नाहीं हम निहत्था
हमहूँ धरीला हथियार हो

ओकरे गरदनिया पर हम तेज करबें
अपने हंसुअवा के घार हो।

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.