नवरातन मेँ बकरा - आकाश महेशपुरी

भगली दुर्गा अउरी उनकर बघवो भागि पराइल

नवरातन मेँ बकरा काटे जब लोग मन्दिर आइल
कहलसि बघवा हे देवी हम त तहरे अंश हईँ
बाघ तरे बा रूपवा बाकिर ना बाघे के वंश हईँ
हम त एगो बिम्ब हईँ ना कुछ खाईँ ना पीयेनी
तहरे जस हे माई हमहूँ धरम के बल पर जीयेनी
बाकिर देखऽ कइसे लोगवा करत हमेँ बदनाम हवेँ
पाप करेँ खुद बाकिर काहेँ लेत बाघ के नाम हवेँ
किसिम किसिम के अधर्मी लो बा मन्दिर पर आइल
बकरा केहू ले आइल बा कटवइयो उपराइल
मास अउर अण्डा के उँहवा दोकनियो बा लागल
येही से हे माई हमहूँ आवत बानी भागल
बाकिर समझ ना आवे हमके काहेँ ना बतलवलू ह
उबड़ खाबड़ रस्ता ध के पैदल पैदल अइलू ह
झर झर लोर झरे अखियन से बोल न मुँह से फूटेला
बाकिर मन के भाव जवन बा सगरी बघवा बूझेला
धरती जवन पवित्र रहे खूने से आजु नहाइल बा
पूजा करे आइल आ कि पाप करे सब आइल बा
मन्दिर त हमरे ह बाकिर बात सही बतलाईले
रक्तबीज से डरनी ना पर मानव से घबराईले
हमरे मन्दिर मेँ पशुवन के बलि जब लोग चढ़ावेला
लागे जइसे हमरे गरदन पर फरसा बरसावेला
येही से ये निर्जन मेँ हम भागि-परा के अइनी हँ
जाइबि ना ओइजा हम कहियो अइसन किरिया खइनी हँ


-----------------------------------

लेखक परिचय:-


नाम: वकील कुशवाहा उर्फ आकाश महेशपुरी
जन्म तिथि: २०-०४-१९८०
पुस्तक 'सब रोटी का खेल' प्रकाशित 
विभिन्न पत्र पत्रिकाओं में रचनाएं प्रकाशित 
कवि सम्मेलन व विभिन्न संस्थाओं द्वारा सम्मान पत्र
आकाशवाणी से कविता पाठ
बेवसाय: शिक्षक
पता: ग्राम- महेशपुर, 
पोस्ट- कुबेरस्थान
जनपद- कुशीनगर, 
उत्तर प्रदेश
मो नं: 9919080399
अंक - 75 (12 अप्रैल 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.