सवालन में लोकतंत्र - गंगाशरण शर्मा

गणित में बा आंकड़न के महत्व

लोकोतंत्र में बा आंकड़न के सम्मान 
बाकिर जब खेले लागनस आंकड़ा
धर्म जाति संप्रदाय के गोटी
मिटे लागेला सामूहिक -निरपेक्षता -एकता
पिटे लागेला सद्भावना-मारयादा -सहिष्णुता 
तब दरके लागेला विश्वास जनता के बेवस्था में!
----------------------
जब बन जाला -गुनाह
अवाज विरोध -प्रतिरोध के 
भीड़तंत्र बन जाला -शकल
बाजीगर से लोकतंत्र के 
अदनी दउर लागेला चापलूसी भरा
तब कइसे मुकम्मल होई रिश्ता
पाठक आ रचनाकार के!
----------------------
का समय बदल गइल बा
लोकतंत्र में चुनत चुनत 
आपना खातिर ‘भला आदमी’
हमनीं के चुने के पड़त बा आज
सुविधाजनक दबंग आदमी 
चाहे वंशज गिरगिट के सही
भले ही हो ऊ दागी भा भ्रष्टाचारी! 
----------------------

लेखक परिचय:-


नाम: गंगा शरण शर्मा
पता: द्वारा दुर्गा मेडिकल स्टोर्स
झरिया चार नंबर
पो. झरिया, जिला धनबाद 
झारखंड - 828111
मो. 9431731041
लेखक हिंदी, भोजपुरी के लब्धप्रतिष्ठित हस्ताक्षर बानी. 
समाज में हो रहल बलाव पर यहां के लेखनी गजब स्याही उगले ले.

अंक - 64 (26 जनवरी 2016)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.