तबके जवान अब भइले पुरनिया - मनोरंजन प्रसाद सिंह

अबहूँ कुहुकिएके बोले ले कोइलिया, नाचेला मगन होके मोर।
अबहुँ चमेली बेली फूले अधिरतिआ, हियरा में उठेला हिलोर।।

अबहूँ अँगनवाँ में खेलेला बलकवा, कौआ मामा चील्हिआ-चिल्होर।
अबहूँ चमकिएके चलेले तिरिअवा, ताकेले भुँइअवे के ओर।।

चोरी-चोरी अबो गोरी करेली कुलेलवा, चोरी-चोरी आवे चितचोर।
भूलि जाला सुधबुध कामकाज लोक-लाज, करेले जवानी जब जोर।।


दुनिया के रंग ढंग सब कुछ ऊहे बाटे, ओइसने बा जोर अउरी सोर।
कुछओ ना बदलल, हमहीं बदल गइलीं बदलल तोर अउरी मोर।।


तबके जवान अब भइले पुरनिआ, देहिआ भइल कमजोर।
याद जब आवेला पुरनका जमनवा, मानवा में होखेला ममोर।।


कुछ दिल अउरी धीरज धरु मनवा, जिनगी के दिन बाटे थोर।
पाकल-पाकल केसिआ में लागे ना करिखवा, रामजी से करु ई निहोर।।
----------------------मनोरंजन प्रसाद सिंह

अंक - 50 (20 अक्टूबर 2015)

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें

मैना: भोजपुरी साहित्य क उड़ान (Maina Bhojpuri Magazine) Designed by Templateism.com Copyright © 2014

मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य Copyright © 2014. Bim के थीम चित्र. Blogger द्वारा संचालित.