गाँव घर खेत खरिहान के नमन बाटै
नमन सिवान के नमन घूर धार के।
ताल खाल नदी नार पोखरा इनार कुल
नमन करीला बाबा डीह-डिहुवार के।
नाद कोना चरनी दुवार के दलान के भी
नमन कहार के नमन चौकीदार के।
पंच सरपंच परधान के नमन बाटै
नमन बा टी0 बी0 नमन चित्रहार के।
ब्लाक के नमन ताक झाँक के नमन बाटै
नमन विकास वाले रोजी रोजगार के।
सींचपाल, लेखपाल आदि के नमन बाटै
नमन बा बिजुरी के बिल सरकार के।
फीस के नमन न्यायधीष के नमन बाटै
नमन बा डोलीवाले पिछिला कहार के।
थाने के नमन जेल खाने के नमन बाटै
नमन दिवान के नमन थानेदार के।
Sat sat naman swargiya bawala ji paavan charno men
जवाब देंहटाएं